बुधवार, 7 फ़रवरी 2018

भोजपुरी होली गीत-

भांग खाके भउजी पगला गइली

लाल बिहारी लाल

भांग खाके भउइजी पगला गइली
देख देवरे पर अब त लुभा गइली

फागुन के रंग में गइल बारी रंगाई
करे ना असर अब कवनो दवाई
देख लोक लाज सब ई भुला गइली
देख देवरे पर अब.........

पोरे-पोरे रंग में रंगाइल बा देहिया
ससुर भसुर से अब लगावेली नेहिया
देख केतना से नेहिया लगा गइली
देख देवरे पर अब...........

गतर-गतर रंग डलिहे जब सजानवा
तब जाके भरी भउजी के ई मानवा
देवरा लाल बिहारी पर लुभा गइली
देख देवरे पर अब...........

ग्राम +पो.सोनहो बाजार,छपरा

फोन- 07042663073(दिल्ली) 

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें