बुधवार, 26 अप्रैल 2017

भोजपुरी ब्यंग्य गीत-आइल राजनीति में देखी अजब बहार

टटका भोजपुरी  ब्यंग्य गीत (चुनाव परिणाम पर)
आइल राजनीति में देखी अजब बहार


लाल बिहारी लाल

काम करी चाहे ना करी,तबहुँ बनी सरकार
आइल राजनीति में देखीं अजब बहार

काम के सपना देखा- देखा के
भष्टाचार के निमन घुट्टी पिला के
कोसी विरोधी के हम रोज बार-बार
आइल राजनीति में देखीं अजब बहार

अच्छा दिन आई, तनी करी इंतजार
करब परोसी के, सिर हम कलम हजार
उल्ट-पुल्ट के देहब, नेता हम बार-बार
आइल राजनीति में देखीं अजब बहार

सीमा पर देख करब ना कुछूओं खास
कतनों विरोधी करिहे रोज-रोज बकवास
परे ना देहब हम कुरसी में कवनों दरार
आइल राजनीति में देखीं अजब बहार

लाल बिहारी लाल बन जइहें अब गंवार
काम-धाम के के पूछता दौड़ता सरकार
अपना में दम नइखे त लेहम आउर उधार
आइल राजनीति में देखीं अजब बहार

सचिव-लाल कला मंच,नई दिल्ली-44

lalkalamunch@rediffmail.com

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें